नोकरानी बना के रखलऽ तू
रानी के सपना देखा के
Ola बोला के चलनी हम
ए राजा जी, माइके
पहिले जे जनती, चूल्हा-चउकी करवइबऽ
नदिया किनार भेजी पानी भरवइबऽ
त कबो ना बियाहवा रचइतीं, आहो राजा
माँगे ना सेनुरा-टिकवइती, आहो राजा
कबो ना बियाहवा रचइतीं
त हई साड़ी दिहल पापा जी के
गाड़ी दिहल पापा जी के
जवना पर घूमी तू ऐस करेलऽ
कबहूँ खरच नाहीं cash करेलऽ
कूल्ही कमइया सवत प उड़इबऽ
सारी-सारी रात, पिया, ओनिये बितइबऽ
त आपन भोजन ना बसियइतीं, आहो राजा
माँगे ना सेनुरा-टिकवइती, आहो राजा
कबो ना बियाहवा रचइतीं
Cooler, fridge, पंखा, TV
संघे पइला सुनर बीवी
तबो काहे ना, पिया, कदर करेलऽ?
हर घरी हमसे गदर करेलऽ
जननी ना, Pawan पिया, एतना सतइबऽ
Makeup, shakeup खाती एतना रोवइबऽ
त Prince ले order करवइतीं, आहो राजा
माँगे ना सेनुरा-टिकवइती, आहो राजा
कबो ना बियाहवा रचइतीं